मंगलवार, अप्रैल 21, 2009

फिल्म समीक्षा


यूडी मूवी का परम्परा का अनुरुप ई रिश्ता अनमोल बा बढ़िया पारिवारिक फिलिम बनल बा. आनन्द डी गहतराज का निर्देशन में बनल ई फिलिम नवजवानन खातिर संदेशपरक बा. कहानी एगो अइसन बच्चा से शुरु होत बा जेकरा बाप महतारी के काली सिंह मार देत बा. ओह बच्चा के एगो निसन्तान दंपत्ति ले जा के पालत पोसत बा. ओह परिवार में एह बच्चा के आगमन अतना सगुनी होत बा कि ऊ परिवार एगो पुरान मुकदमा जीत जात बा आ एगो बच्चो हो जात बा. अब ई दुनू भाई मिलजुल के हँसी खुशी रहत बाड़े.
बाकिर छोटका के मौसी ओकरा के अपना घरे ले जात बाड़ी आ बड़का का खिलाफ ओकरा मन में जहर घोरत रहत बाड़ी. अंत में दुनू भाई के बीच के भरमो टूट जात बा. समस्या तब आउरी बिगड़ जात बा जब छोटका बड़ भाई के प्रेमिका से मुहब्बत करे लागत बा. दुनू भाई के प्रेमिका काली सिंह के बेटी हियऽ आ निर्देशक एह समस्या के सलीका से हल क के कहानी काली सिंह पर फोकस कर देत बाड़े.
आदित्य नारायण के कथा, केशव राठौर के पटकथा, आ राकेश त्रिपाठी के संवाद सामान्य बा. लाल सिंह के संगीत सुने में नीक लागत बा. अमर उपाध्यायआ निखिल उप्रेती के काम बढ़िया बा. उर्वशी सोलंकी आ गरिमा पंत खुबसूरत लागल बा लोग. अली खान, उदय श्रीवास्तव, प्रवीण सिंह सिसोदिया, माया यादव, रितु पाण्डे, हनुमान, संजीव झा आपन किरदार बढ़िया से निभवले बा लोग.
यूडी मूवी आ गोपीकृष्ण के बेनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता दीपा नारायण झा आ आदित्य नारायण हवे लोग आ उदितनारायण आ उद्धव पांडे प्रस्तुतकर्ता हउवन.
स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें