गुरुवार, अप्रैल 23, 2009

पॉँच हसीनाओ के बीच फंसे निरहुआ



भोजपुरी सिनेमा क दुनिया में आजुकाल्हु हर केहू कुछ ना कुछ नया करे में लागल बा. केहू मल्टी स्टारर बनावत बा, त केहू तीन तीन गो हीरोइन लेके फिलिम बना रहल बा. बाकिर एह सब से आगा बढ़के निर्माता रमाकांत प्रसाद पाँच गो हीरोइनन के एके साथ परदा पर उतारे जा रहल बाड़न आ पांचो नामचीन हीरोइन हवे लोग.
माई मूवीज के हालिया प्रदर्शित होखे वाली फिलिम दीवाना में पाँच गो नायिकावन के अलग अलग तरह का किरदार में पेश कर रहल बाड़न. मशहुर भोजपुरी तारिका पाखी हेगडे का साथे हॉट सेक्सी तारिका रानी चटर्जी कहर बरसावत लउकिहन. त खूबसुरती के खजाना सोनाली जोशी, पूनम सागर, आ सीमो पाण्डे अपना अपना दमदार अभिनय के जलवा बिखेरत नजर आई लोग.
साल २००८ के सुपरहिट फिलिम लागल रहऽ ए राजा जी वाली टीम से सजल एह रोमांटिक फिलिम में एह पांच गो नायिका लोग का साथे भोजपुरी स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ, नेपाली स्टार विराज भट्ट, बिनय बिहारी, पुष्पा वर्मा, अयाज खान, गोपाल राय, नंदिनी मिश्रा, आ मनोजो टाइगर बाड़न जा। गीत विनय बिहारी आ दीप मोहम्मदाबादी के हऽ त संगीत अशोक कुमार दीप के. छायांकन प्रमोद पाण्डेय के बा.

सोर्स- अंजोरिया.com

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें