शनिवार, अप्रैल 04, 2009

असलम शेख सफलता के बुलन्दी पर


भोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्देशकन में से एगो असलम शेख आजु काल्हु अपना फिलिम बिदाई के मिलल बड़ सफलता से बहुते उत्साहित बाड़े. ई सफलता खास कर तब आउरि महत्ववाला हो जात बा जब एह दौर के अधिका फिलिम बाक्स आफिस पिटा रहल बाड़ी सन. जबकि बिदाई सफलता के रोज नया रिकार्ड बना रहल बा.कैफी आजमी का जवार से ताल्लुक राखे वाला असलम शेख भोजपुरिया सिनेमा देखनिहार के रुचि के खास खेयाल राखेलन. आ इहे बात उनुका के दोसरा से अलगा करे ला. उनकर कई गो फिलिम, जइसे कि बन्धन टूटे ना, जनम जनम के साथ, धरमवीर वगैरह, सफल भईली सन बाकिर बिदाई के बाते कुछ अउर बा.भोजपुरिया सुपर स्टार रविकिशन आ सुपर अभिनेत्री रिंकू घोष के जोड़ी वाली फिलिम बिदाई अब उनुका के नम्बर वन निर्देशक के ठौर पर चहुँपा दिहले बिया. अपना एह सफलता के श्रेय असलम भोजपुरिया दर्शकन के देत कहलन कि ई साबित हो गईल बा कि भोजपुरी फिलिम के सफलता खातिर दुअर्थी संवाद, फूहड़पन, भा अश्लीलता के सहारा लिहल जरूरी ना होला. अगर परिवार समेत देखे लायक फिलिम बनावल जाव त भोजपुरिया दर्शक ओह फिलिम के तरहथी पर उठवले फिरिहें

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें