शनिवार, मई 23, 2009

केकरा नथुनिया पर गोली मरीहन रवि किशन ?


भोजपुरी के एगो चर्चित गीत हऽ नथुनिया पे गोली मारे सईंया हमार. अब एही गाना के मुखड़ा ले के भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन निकल पड़ल बाड़न नथुनिया पर गोली मारे. बाकिर समस्या ई आ गइल बा कि कवना अभिनेत्री का नथुनिया पर ?
बबलू सोनी का निर्देशन में नथुनया पे गोली मारे सैंया हमार हो बने जा रहल बा. एह फिलिम में बतौर नायक त रविकिशन के चुन लिहल गइल बा बाकिर अबले हीरोइन नइखे चुनाइल. चर्चा में स्वीटी छाबड़ा, मोनालिसा, पाखी हेगडे वगैरह के नाम चल रहल बा.
रविकिशन से पुछाइल कि राउर पसन्द का बा? केकरा नथुनिया पर गोली मारे के इरादा बा त कहलन कि निर्देशक बबलू सोनी आ निर्माता अनिल सिंह जेकरा के चुन लेस. उनका त गोली मारे के बा, निशाना पर जे आ जाव.
एह फिलिम के मुहुर्त हाल ही में टायो स्टुडियो में संपन्न भइल. मौका पर भोजपुरी फिलिम इन्डस्ट्री के निर्देशक राजकुमार पाण्डेय, हैरी फ़र्नान्डिस, दिनकर कपूर, देव पाण्डेय, श्रीधर शेट्टी, सुनील बूबना, अभिनेता कुणाल सिंह , सुशील सिंह, सुनील पाल , अभिनेत्री पाखी हेगडे, स्वाति वर्मा, रोहिणी कपूर सहित कईगो दिग्गज मौजूद रहलें।

साभार - अंजोरिया

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें